आखर भोजपुरी Profile Banner
आखर भोजपुरी Profile
आखर भोजपुरी

@aakharbhojpuri

Followers
12,226
Following
429
Media
4,579
Statuses
21,644

आखर फेसबुक पेज - आखर युट्युब - आखर - एगो कोशिश भोजपुरी खातिर

Siwan, India
Joined September 2012
Don't wanna be here? Send us removal request.
Explore trending content on Musk Viewer
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
5 years
आखर के माध्यम से मातृभाषा दिवस प सुप्रसिद्ध अभिनेता पंकज त्रिपाठी जी के अपना मातृभाषा भोजपुरी में शुभकामना संदेश - @TripathiiPankaj
56
206
2K
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
1 year
‘'घुघुआ माना—खेत खरिहाना’ लेख - देवेंद्र नाथ तिवारी मधुबनी पेंटिंग - पारुल तोमर इ गीत, रउआ-हमरा स्मृति में जरूर होई. इ गीत पुरनिया लोग सुनावत रहल ह. सुतले-सुतले अपना घुटना-टखना प बइठा के छोट-छोट बचवन के खेलावत, झुलुआ अस झुलावत रहल ह लोग. एही खेल के ‘घुघुमा माना' कहल जात रहल ह.
Tweet media one
37
321
2K
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
अंतराष्ट्रीय मातृभाषा दिवस प सुप्रसिद्ध अभिनेता पंकज त्रिपाठी जी के ओर से मिलल शुभकामना । #motherlanguageday #Bhojpuri #PankajTripathi @TripathiiPankaj
16
126
1K
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
11 months
भोजपुरी गीत : हँसि हँसि पनवा खियवले बेइमनवा भोजपुरी फिल्म : बिदेसिया गायक : महेंदर कपूर, मन्ना डे संगीतकार : एस. एन. त्रिपाठी गीतकार : राम मूर्ति चतुर्वेदी
12
258
1K
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
1 year
किशोर कुमार जी के आवाज में एगो अदभुत भोजपुरी गीत सुनीं ! “ केने केने जाईं केकरा से सुनाई “ साभार - किशोर कुमार ( युट्युब चैनल)
23
330
1K
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
पटना के दीघा घाट से चैती छठ पूजा - 2022 के दृश्य !
Tweet media one
Tweet media two
3
25
678
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
11 months
आखर के स्थापना के दस साल पुरा भइला प बॉलीवुड फ़िल्म इंडस्ट्री के सुप्रसिद्ध अभिनेता पंकज भइया के ओर से आखर , आखर परिवार आ संवसे भोजपुरिया समाज के शुभकामना संदेश मिलल ह ! जय हो ! @TripathiiPankaj
11
90
639
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
10 months
लोकपर्व - छठ - 2023 आज नहाय खाय ह । जहां आज बिहार में चार दिन के एह लोकपर्व के पहिला दिन यानि कि नहाय खाय ह ओजुगे पुर्वांचल में क जगह प नहाय-खाय खरना के दिने यानि काल्ह होई । शशिरंजन मिश्र आ संजीव सिन्हा के माध्यम से एह लोकपर्व से जुड़ल कुछ जानकारी !
Tweet media one
Tweet media two
Tweet media three
3
102
511
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
10 months
Bhojpuri Folk Song । उतरत चइतवा ए बाबा । #Bhojpuri विडियो - पिंकी राजपूत आवाज - चंदन तिवारी
1
67
469
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
3 years
#MotherLanguageDay हम भोजपुरिया, भोजपुरी हमार मातृभाषा हs !
Tweet media one
4
51
454
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
छठ पूजा साल में दू बेर होला 1- चैती छठ 2- कतिकि छठ चैती छठ पूजा 5 अप्रैल से शुरु हो रहल बा । कतिकि छठ पूजा लेखा एह में ओतना खमा-खमी ना रहे बाकिर बिहार आ पुर्वांचल में क जगह छठ व्रती लो चैती छठ मनावेला। असो के चैती छठ के कार्यक्रम-
Tweet media one
6
33
409
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
Bhojpuri Folk Song ( भोजपुरी लोक गीत) विवाह गीत - कहंवा के पिअर माटी आवाज आ युकेलेली - पूजा निषाद
11
65
377
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
गांव में कवनो टोला मदारी आइल होखे, भा बाईस्कोप, भा संपेरा, भालू ले के आइल होखे भा नट-नटिन के खेला आ कि आन्ही आइल होखे आ बगइचा में आम बीने ? सन्‌ 1951 के इ फोटो ह बिहार के कवनो गांव के । अब अइसन कुल्ह दृस्य शायदे लउके ! का इ फोटो देखि के गांव के कुछ याद आ रहल बा?
Tweet media one
7
39
365
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
6 months
अंतर्राष्ट्रीय मातृभाषा दिवस प सुप्रसिद्ध अभिनेता पंकज त्रिपाठी जी के ओर संदेश । “ जोन्ही आ भोजपुरी “ @TripathiiPankaj
7
64
339
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
बिहार कोकिला, सुर के देवी, पद्म सम्मान से सम्मानित,मैथिली भोजपुरी के सुप्रसिद्ध गायिका, भोजपुरी के संस्कार-पारम्परिक गीतन के कई दसक से अपना आवाज से कालजयी बना देबे वाली शारदा माई के जनमदिन प आखर परिवार, अपना एह महान गायिका के सादर प्रणाम क रहल बा आ खांची भरि-भरि बधाई दे रहल बा ।
Tweet media one
12
33
321
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
1 year
गीत : राखी हर साल कहेले सवनवा में ! फिल्म : बिहारी बाबू संगीत : चित्रगुप्त गीतकार - ब्रज किशोर दुबे ( एहि फिल्म से शत्रुघ्न सिन्हा बिहारी बाबू कहाए लागल रहले । )
6
95
293
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
दंतकथा में अइसन मान्यता ह कि आज नीलकंठ के देखल शुभ मानल जाला । त देखल जाउ !
Tweet media one
9
25
283
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
7 months
बिनई ला शारदा भवानी , पत राखी महरानी - मो. खलील मो. खलील जी भोजपुरी गीत संगीत में एगो बहुत बड़हन नाव रहल बानी । गोरखपुर आकाशवाणी से उँहा के गीत , संवसे भोजपुरिया समाज प क दसक तकले छवले रहे । लोग झुम उठत रहे । आज बसंत पंचमी के दिने, सरस्वती बंदना के इ गीत भोजपुरी के सुप्रसिद्ध
8
82
281
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
1 year
नीदरलैंड के राज मोहन के आवाज में सुनी, भिखारी ठाकुर के कालजयी नाटक 'बिदेसिया' के एगो गीत । [ राज मोहन जी के पुर्वज, मूल रुप से भारत ( पुर्वांचल ) के रहले आ इहां के पुर्वज लो कलकत्ता के माध्यम से सरीनाम गइल रहे आ अब नीदरलैंड में बस गइल बा लो ।राज मोहन जी नीदरलैंड में रहेनी। ]
5
77
270
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
3 years
दु गो भोजपुरिया : साहित्य जगत के अनमोल रतन । राहुल सांकृत्यायन , हजारी प्रसाद द्विवेदी !
Tweet media one
5
34
265
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
लोकपर्व - छठ - 2022 आज नहाय खाय ह । जहां आज बिहार में चार दिन के एह लोकपर्व के पहिला दिन यानि कि नहाय खाय ह ओजुगे पुर्वांचल में क जगह प नहाय-खाय खरना के दिने यानि काल्ह होई । शशिरंजन मिश्र आ संजीव सिन्हा के माध्यम से एह लोकपर्व से जुड़ल कुछ जानकारी !
Tweet media one
Tweet media two
Tweet media three
2
55
258
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
भोजपुरी के पहिला फिल्म आजे रिलीज भइल रहे 22 फरवरी 1963 के कुमकुम, असीम कुमार, नजीर हुसैन के अभिनय से सजल ‘गंगा मैया तोहे पियरी चढैबो' पटना के वीणा सिनेमा में रिलीज भइल रहे। गायक / गायिका - लता मंगेश्कर , मो. रफी, सुमन कल्यानपुर, उषा मंगेश्कर संगीत - चित्रगुप्त गीत - शैलेंद्र
Tweet media one
1
44
250
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
1 year
भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता खातिर राज्यसभा में सांसद डॉ राधामोहन अग्रवाल जी आवाज आ सवाल उठवनी ह । विडीयो साभार - देवेंद्र नाथ तिवारी
7
87
248
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
जरुरी नइखे कि साहित्ये रची, सामान्यो बतकही भोजपुरी में क सकेनी। राउर मातृभाषा भोजपुरी ह,जदि रउवा केहू से भोजपुरी में बोलब ना, फेसबुक ट्वीटर इंस्टा आदि प भोजपुरी में लिखब ना त फेरु केहू कइसे चिन्ही कि रउवा भोजपुरिया हईं? आखिर कुछ त लउके के चाहीं नू कि राउर मातृभाषा भोजपुरी ह ?
Tweet media one
8
38
241
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
6 months
तनिक मधुमास आवे द ! रचनाकार - नर्मदेश्वर सहाय आवाज आ संगीत - अजय दिवाकरन ( @ajaydiv ) 3 मार्च के नर्मदेश्वर सहाय जी के जयंती रहे, आखर प नर्मदेश्वर सहाय जी के परिचय के संगे संगे उहां के लिखल एगो गजल ' मधुमास आवे द ' लागल रहे । अजय दिवाकरन जी आखर के ट्वीटर प्रोफाइल से जुड़ल
9
61
251
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
10 months
गोधन के गीत “ गोधन बाबा चलऽले अहेरिया” गोपालगंज, बिहार के लोकलहरी टीम के आवाज में सुनीं गोधन के विशेष गीत ! साभार - ऋचा वर्मा
3
58
245
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
भोजपुरिया लो ध्यान देउ !
Tweet media one
4
28
236
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
4 years
बम्बई में का बा ? बिहार आ पुर्वांचल के आत्मा के छुवे के सफल कोशिश ! देखीं अनुभव सिन्हा , मनोज बाजपेयी आ डॉ सागर के कमाल @anubhavsinha @BajpayeeManoj
Tweet media one
9
27
239
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
3 years
अमेरिका के कैलिफोर्निया में छठ पूजा ( सांझ के अरघ ) ( अमेरिका के दिन तारीख समय, भारत से लगभग 12 घंटा पहिले बा )
Tweet media one
Tweet media two
Tweet media three
4
36
221
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
4 years
आखर वर्चुअल महोत्सव- 2020 में - “पंकज त्रिपाठी जी से बातचीत : गांव , बिहार आ सिनेमा प” 13.12.2020 साँझ 7 बजे से आखर पेज - @TripathiiPankaj
Tweet media one
7
14
213
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
भोजपुरी के लाज बचाईं फुहर गीत कबो मत गाईं ... ।
Tweet media one
1
50
208
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
10 months
आज नीलकंठ देखल शुभ मानल जाला । अब शहर में नीलकंठ के दर्शन त होई ना एह से एह डिजिटल जुग में नीलकंठ के फोटो देख के आपन आज के जतरा बनाईं ! सब शुभ शुभ होखे ।
Tweet media one
Tweet media two
3
29
200
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
सुप्रसिद्ध गायक मो. रफी जी के आज जयंती ह त उहां के गावल कुछ खास भोजपुरी गीत- 1-हम गरीबन के 2-सं��� संग बीते यारा 3-धीरे धीरे बोला ए राजा 4-सोनवा के पिंजरा में
Tweet media one
6
49
204
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
3 years
#MotherLanguageDay भोजपुरी हमार मातृभाषा ह ! अंतराष्ट्रीय मातृभाषा दिवस प, हर भाषा प्रेमी के बहुत बहुत बधाई आ शुभकामना । अपना मातृभाषा में हरमेसा पढे, लिखे, सुने, बोले, बतियावे के चाहीं।
Tweet media one
1
23
192
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
3 years
#MotherLanguageDay मातृभाषा दिवस आ भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता के स्थिति !
Tweet media one
1
33
187
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
छठ पेंटिंग by सरोज रानी वाया - चंद्रकला त्रिपाठी ( फेसबुक वाल)
Tweet media one
3
22
185
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
भिखारी ठाकुर - जयंती प विशेष जयंती - 18 दिसम्बर 1887 पुण्यतिथि - 10 जुलाई 1971 आखर परिवार अपना सांस्कृतिक नायक, समग्र अभिनेता , भोजपुरी नाट्य मंचन के पहिचान भिखारी ठाकुर जी के जयंती प बेर बेर नमन क रहल बड़ुवे। विस्तार से पढीं-
Tweet media one
4
40
188
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
“भोजपुरी में पढी, भोजपुरी में लिखीं” काहैं कि भोजपुरिया लोगन के भाषाई पहचान “भोजपुरी” ह ।
Tweet media one
2
22
180
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
भोजपुरिया तरिका से भोजपुरी में पहाड़ा के पढाई / रटाई मउ ते कम्पोजिट विद्यालय सलेमपुर से । विडीयो साभार - शैलेंद्र जिग्यासु
4
39
181
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
10 months
फिल्म : भइया दूज आवाज : अल्का याज्ञनिक गीत - लक्षमण शाहाबादी संगीत - चित्रगुप्त आज भोजपुरिया इलाका में क जगह प भइया दूज मनावल जा रहल बा । गोधन, भइया दूज , पिड़ीया आदि के समेटले इ गीत !
3
62
174
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
आखिर इ फोटो का कहत बा ? पिछला बेर कब एह सरजाम के छिपा में देखले रहनी ? छानल बघारल रहे कि उसिनल आ कि झोलदार ? नाव त मालुमे होई ? दिव्य व्यंजन के फोटो अर्चना पाण्डेय जी से मिलल बा ।
Tweet media one
Tweet media two
Tweet media three
Tweet media four
24
9
174
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
10 months
मन परत बा ? जांत ह ! एह जांत के संगे अइसना जांत के संगे कतना याद जुड़ल बा ? दिअरी बाती से पहिले इ जांता किनात रहे ! एह के संगे अउरी कुल्ह सरजाम ! दिअरी में छेद क के तरजुई ! जीउ जनावर माटी के ! दिअरी बाती के बिहाँ भइला दिआ बटोरल ! उम्मेद बा इ देख के लइकाईं मन पर गइल होई !
Tweet media one
6
39
165
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
10 months
छठ गीत - 2023 । अर्चना पाण्डेय । के हमके चुनरी किनइहें हो ! Bhojpuri Chhath Song । भोजपुरी
2
22
162
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
10 months
मॉरिसस में भोजपुरिया के पहिला डेग ( Arrival of Indentured Labourers Day ) मॉरिसस मे आजुवे के दिने पहुंचल रहे पहिला भोजपुरिया ( गिरमिटीया ) आजुवे के दिने ( 2 नवम्बर 1834 ) मॉरिसस मे भारत से भोजपुरिया लोगन के पहिला खेप एटलस जहाज से पहुंचल रहे । एग्रीमेंट के हिसाब से मजदूर लोग
Tweet media one
Tweet media two
Tweet media three
3
46
163
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
3 years
भोजपुरी के राष्ट्रीय गीत : बटोहिया सुंदर सुभूमि भइया भारत के देसवा से मोरे प्राण बसे हिमखोह रे बटोहिया । बाबू रघुबीर नारायण जी के लिखल एह सुप्रसिद्ध गीत के तकरीबन 100 बरिस पहिले स्व. चंद्रकला देवी जी कैथी लिपि में लिखले रहनी। पांडुलिपि साभार-ध्रुव कुमार जी/यशवंत मिश्र जी
Tweet media one
Tweet media two
Tweet media three
1
29
147
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
1 year
जैक्सन हॉल्ट - मैथिली फिल्म ( बिहार के सिनेमा) (नोट - अबर दुबर करेजा वाला लो खातिर इ फिल्म नइखे) असल में इ फिल्म ड्राइंग रुम में बइठ के 65 इंच के टीवी भा 12 इंच के लैपटाप प भा मोबाइल प देखे वाली ना ह । एह फिल्म के असल मजा सिनेमा हॉल में बा जहाँ कुच-कुच अन्हार होखे, झींगुरो ना
Tweet media one
4
24
151
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
1 year
वशिष्ठ नारायण सिंह जन्मतिथी- 2 अप्रैल 1946 पुण्यतिथि- 14 नवम्बर 2019 पद्म सम्मान से सम्मानित महान गणितज्ञ वशिष्ठ नारायण सिंह जी के जयंती प आखर परिवार अपना महान गणितज्ञ के बेर बेर नमन क रहल बा ।
Tweet media one
5
33
146
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
3 years
भिखारी ठाकुर जी के जयंती प आखर परिवार अपना महानायक आ सांस्कृतिक योद्धा लोक कलाकार आ साहित्यकार भिखारी ठाकुर जी के जयंती प बेर बेर नमन क रहल बा ।
Tweet media one
1
30
151
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
1 year
नीदरलैंड / सरीनाम के सुप्रसिद्ध गायक राजमोहन के आवाज में सुनी “ बटोहिया “ गीत ! स्वतंत्रता दिवस के पावन पर्व प सब केहू के बधाई आ शुभकामना! सभकर आजादी बनल रहे !
2
50
146
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
1 year
मैथिली, भोजपुरी, मगही, अंगिका, बज्जिका जइसन प्राचीन भाषा के माटी, छठ महापर्व के पावन भूमि, लोकतंत्र के जनम देबे वाली धरती बिहार , बिहार के हर रहनिहार के हर बिहारी के बिहार दिवस के शुभकामना आ बधाई । खुब आगे बढे बिहार बस इहे कामना बा ।
Tweet media one
9
26
144
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
1 year
मत जिहीं मजबूरी में पढी-लिखीं भोजपुरी में एक हाली अउरी एगो भोजपुरी के नाव प भोजपुरी खाति होत सम्मेलन मे बोलत रहनी । हम भोजपुरी के अबर दुबर स्थिति , भोजपुरी मे अश्लीलता , फुहरपन , भोजपुरी के संविधान मे जगहि ना मिलल पढाई लिखाई के भाषा ना बनल प बोलत रहनी , खुब बाँहि भांजि के मुडि
Tweet media one
3
22
144
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
आज भारत के पहिला राष्ट्रपति डॉ राजेंद्र प्रसाद जी के पुण्यतिथि ह । उहां के इयाद करत, उहां से जुड़ल कुछ तस्वीर। फोटो 1 - राजेंद्र बाबु अपना बड़ भाई महेंद्र प्रसाद जी के संगे फोटो 2 - राजेंद्र बाबु अपना धर्मपत्नी राजवंशी देवी के संगे फोटो 3- राजेंद्र बाबु आ महात्मा गांधी
Tweet media one
Tweet media two
Tweet media three
2
23
143
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
1 year
मित्रता दिवस प सुनीं मो. रफी आ मन्ना डे के आवाज में भोजपुरी गीत #Bhojpuri #BhojpuriSong #friendship #मित्रता_दिवस गीत - संग संग बीते फिल्म - नौटंकी आवाज - मो. रफी आ मन्ना डे गीतकार - अंजान संगीतकार - चित्रगुप्त
2
57
139
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
Bhojpuri Folk Song ( भोजपुरी लोक गीत ) विवाह गीत - मंगिया बहोरब हे ! आवाज - पूजा निषाद
1
18
132
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
4 years
@anubhavsinha जी के इ सवाल हर भोजपुरिया भाषा भाषी के सवाल होखे के चाहीं । अनुभव जी बहुत बहुत धन्यवाद एगो सोझ सहज सवाल खातिर ।
@anubhavsinha
Anubhav Sinha
4 years
बड़ा आभारी हूँ भाई @ravikishann का कि संसद में बॉलीवुड और नशे पर बात चीत की। थोड़ी बात भोजपुरी फ़िल्म इंडस्ट्री की भी करें। पिछले तीस साल से इस भाषा और उस कला के सीने पर नंगा नाच करके एक पूरी पीढ़ी में जो अश्लीलता का ज़हर घोला गया है उस पर भी बात होनी है। ज़िम्मेदार हैं वो।
1K
5K
25K
6
15
129
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
3 years
बिहार के दु गो महान स्तम्भ ! अपना उर्वर इतिहास से परिचय करावत ई फोटो । राष्ट्रकवि रामधारी सिंह दिनकर जी आपन किताब " संस्कृति के चार अध्याय " के भारत के पहिला राष्ट्रपति डा. राजेंद्र प्रसाद जी के भेंट करत ।
Tweet media one
1
16
133
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
#MotherLanguageDay भोजपुरी आ भोजपुरी भाषा के संवैधानिक मान्यता । कार्टून साभार - पवन टून
Tweet media one
2
33
132
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
��ोकपर्व छठ के आज दुसरा दिन ह । आज खरना ह । आखर परिवार छठ व्रती लो के बेर बेर प्रणाम क रहल बा । [ छठ लोकपर्व से जुड़ल 10 गो स्लाइड । छठ पर्व के सामाजिक, अध्यात्मिक, धार्मिक सरुप प आधारित इ स्लाइड बा । ] 1/3
Tweet media one
Tweet media two
Tweet media three
Tweet media four
2
28
123
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
खेतिहर, किसान, गांव के लोग आ ओह लोगन के ड्राइंगरूम । पेटाढी, पुअरा , ढाठा , माटी, धुर आ घांस के बिछौना ��� फोटो साभार - आसुतोष कुमार पाण्डेय ( आरा वाला)
Tweet media one
4
10
129
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
4 years
अबहिन हमनी के मतारी भाषा के केहू ना पूछत-आछत बा, लेकिन केतिक दिनवा हो केतिक दिनवा ।हमनी के देश के दिन लौटल ।लोग सचेत भइल । उहो दिनवा आई जब हमनी के भाषा सरताज बनी। दस करोड़ से अधिक बीर बंका जेकर पूत, ऊ भाषा केतना दिन ले एह तरह भिखमंगिन बनल रही । - राहुल सांकृत्यायन ( 1947)
1
34
131
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
4 years
बहुत बहुत बधाई आ स्वागत बा एह गीत के @anubhavsinha जी । खुब यानि अउलाह शुभकामना । खांच भर भर के शुभकामना बा ।
@anubhavsinha
Anubhav Sinha
4 years
भोजपुरी के अगला गाना का शूटिंग खतम भयल आज। ना। राजनीतिक ना हौ। मनोज भिया के साथ भी ना। रोमांटिक ह। बहुते क्यूट। क्यूट समझेला लोगन??? बतावा।
133
382
6K
0
3
129
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
3 years
आजू बिहार कोकिला ,स्वर के देवी , भोजपुरी पारम्परिक गीतन के एगो बहुत बड़ उंचाई देबे वाली सुर के सरस्वती , शारदा सिन्हा जी के जनमदिन ह । आखर परिवार अपना एह महान गायिका के जनमदिन मना रहल बा । शारदा सिन्हा जी के आखर परिवार के ओर से सादर प्रणाम ।
Tweet media one
7
13
127
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
10 months
भिखारी ठाकुर जी के मंडली आ परंपरा के शायद अंतिम रंगकर्मी रामाज्ञा राम जी के आरा में निधन के खबर आ रहल बा । आखर परिवार एह खबर से दुखी बा आ श्रद्धांजलि दे रहल बा । बेर बेर नमन महान रंगकर्मी रामाज्ञा राम जी के 🙏
Tweet media one
10
16
123
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
3 years
आखर परिवार के संरक्षक, हमनी के गुरूजी श्री घनश्याम शुक्ल मास्साब के पंजवार में निधन ! आखर परिवार खातिर इ बड़हन क्षति ! आखर परिवार बेसहारा हो गइल । पुरा परिवार अपना संरक्षक के निधन से दुखी बा आ लोर भरल अंतिम प्रणाम क रहल बा ।
Tweet media one
18
20
126
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
6 months
भोजपुरी के पहिला फिल्म आजे रिलीज भइल रहे ! 22 फरवरी 1963 के भोजपुरी के पहिला फिल्म 'गंगा मैया तोहे पियरी चढैबो' पटना के वीणा सिनेमा में रिलीज भइल रहे। कलाकार - कुमकुम, असीम कुमार, नजीर हुसैन गायक - लता मंगेश्कर , मो. रफी, सुमन कल्यानपुर, उषा मंगेश्कर संगीत - चित्रगुप्त गीत -
Tweet media one
3
19
124
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
11 months
आजू बिहार कोकिला ,स्वर के देवी , भोजपुरी पारम्परिक गीतन के एगो बहुत बड़ उंचाई देबे वाली सुर के सरस्वती , पद्म सम्मान से सम्मानित शारदा सिन्हा जी के जनमदिन ह । आखर परिवार अपना एह महान गायिका के जनमदिन मना रहल बा । शुभकामना आ बधाई दे रहल बा ! शारदा सिन्हा जी के आखर परिवार के ओर
Tweet media one
5
23
121
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
3 years
भोजपुरी भाषा आ साहित्य खातिर निरंतर काम करे वाला धनंजय तिवारी जी के निधन से भोजपुरी समाज आ आखर परिवार मर्माहत बा। लोर भरल श्रद्धांजलि दे रहल बा ।
Tweet media one
15
17
120
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
3 years
हमरा मातृभाषा मे कतनो कमी काहे ना होखे, बाकि हम अपना मातृभाषा से ठीक ओइसही चपकल रहब जइसे बचपन में अपना माई के छाती से । - महात्मा गांधी
1
12
124
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
1 year
फगुआ गीत । Holi Song । Bhojpuri । Chandan Tiwari । चंदन तिवारी #Bhojpuri #BhojpuriSong #bhojpuriholi #bhojpuriholisong
3
24
122
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
3 years
मातृभाषा के कनेक्सन दिल से होला ! @TripathiiPankaj जी आ बीबीसी न्युज इंडिया के मुकेश शर्मा जी के आपस में दू टूक !
2
35
120
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
1 year
चैती छठ - भोर के अरघ - 2023 पटना - लॉ कॉलेज छठ घाट प भीड़ !
Tweet media one
Tweet media two
Tweet media three
Tweet media four
3
12
123
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
3 years
[ अपना माई के भोजपुरी में कहल एगो बात के याद करत / बतावत @BajpayeeManoj जी ] “ मनोज एगो बात इयाद रखिहा, जेकरा उ सब नइखे मिलल जवन तहरा मिलल बा नू, ऊ गदहा ना हवे ।” - सुप्रसिद्ध अभिनेता मनोज बाजपेई
2
30
119
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
1 year
मो. रफी के आवाज में 16 गो भोजपुरी गीत ! भोजपुरी के महान आ सुप्रसिद्ध गायक : मो. रफी जे के पुण्यतिथि प जन्म - 24 दिसम्बर 1924 मृत्यु - 31 जुलाई 1980 मो. रफी जी भोजपुरिया ना रहनी बाकिर उहां के सन्‌ 1963 से 1980 के बीचे भोजपुरी में अनेकन गो गीत गवल रहनी । भोजपुरी में कुछ सुपरहिट
Tweet media one
4
45
120
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
5 months
अंखिया भइल लाल , एक नीन सोवे द बलमुआ ! फगुआ के एह रंगारंग त्योहार प स्मिता राजन जी के आवाज में इ भोजपुरी लोकगीत
1
30
114
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
3 years
पद्मश्री सम्मान से सम्मानित , कजरी, चैती आ छठ के गीतन प शोध करे वाली सुप्रसिद्ध साहित्यकार डॉ शांति जैन जी के निधन से आखर परिवार मर्माहत बा आ श्रद्धांजलि दे रहल बा । बेर बेर नमन !
Tweet media one
5
19
117
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
10 months
क्रिस्टीन के लगातार छठवा साल छठ पूजा के गीत ! अमेरिका के क्रिस्टीन, पिछला 6 साल से छठ गीत गा रहल बाड़ी । क्रीस्टीन के गावल हर गीत आखर प लागल बा । संगीत आ फोटोग्राफी में रुचि राखे वाली 'क्रीस्टीन घेज्जो वेइस' मूल रुप से सेंट्स पीट्सबर्ग , फ्लोरिडा के रहे वाली हई , एह समय
4
22
111
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
9 months
बक्सर के सुप्रसिद्ध मेला, सातू, भोजपुरी आ विश्वामित्र अनाज " विश्वमित्र पहिला ऋषि रहले जे अनाज के क्षेत्र में एगो नया राहि के निर्माण कइले । असल में इ विश्वामित्र के फैसला रहे कि सांवा, टांगून , जोन्हरी , जनेरा , मड़ुआ आदि आर्य लो खा सकेला । ओह घरी बाकि ऋषि लो के विरोध के सामना
Tweet media one
6
21
112
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
1 year
चैती छठ -2023 । सांझ के अरघ पटना के लॉ कॉलेज छठ घाट प चैती छठ के सांझ के अरघ के कुछ फोटो ।
Tweet media one
Tweet media two
Tweet media three
Tweet media four
0
17
108
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
3 years
भारत के ओलम्पिक में मिलल गोल्ड मेडल टोक्यो ओलम्पिक में भारत के बेहतरीन एथलीट नीरज चोपड़ा, विश्व के धुरंधर आ दिग्गज लोगन के मात देत जेवलिन थ्रो (भाला फेक) में जीतले गोल्ड मेडल। आखर परिवार , बेहतरीन सर्वश्रेष्ठ अदभुत एथलीट @Neeraj_chopra1 के एह जीत प बहुत बहुत बधाई दे रहल बा ।
Tweet media one
Tweet media two
2
16
111
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
आज खिचड़ी ह त सुप्रसिद्ध कार्टुनिस्ट @pawantoon जी के एह कार्टुन के माध्यम से 'चिउरा - दही आ गुर ' के आपसी संवाद के समझे के कोशिश कइल जाउ, भोजपुरी आ मगही भाषा यानि कि पटनहिया अंदाज में । [ पुरान कार्टुन ह, पवन टून जी के फेसबुक वाल से लिहल गइल बा]
Tweet media one
3
17
112
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
1 year
भोजपुरी संस्कृति के विभूति : भिखारी ठाकुर - पुण्यतिथि प विशेष जन्मतिथि - 18-12-1887 पुण्यतिथि - 10-07-1971 " आखर परिवार अपना सांस्कृतिक नायक, भोजपुरी नाट्य मंचन के पहिचान भिखारी ठाकुर जी के पुण्यतिथि प बेर बेर नमन क रहल बड़ुवे, श्रद्धांजलि दे रहल बा । " शुक्रवार शुभ लग्न घडी
Tweet media one
3
26
110
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
1 year
सतुआन के पावन पर्व प आखर परिवार के ओर से सभ केहू के बधाई आ शुभकामना । नया अन्न, जिनगी में नया नया खुशी ले के आवे इहे कामना बा । पढीं ध्रुव गुप्त, सौरभ पांडे, संजय सिंह आ देवेंद्र नाथ तिवारी के रचना सतुआन प -
Tweet media one
2
18
109
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
4 years
आज के भोजपुरी किताब [ पढी आ डाउनलोड करीं ] किताब : पूर्वाञ्चल की भोजपुरी पहेलियाँ (संकलन) लेखक : डॉ॰ हरिशंकर उपाध्याय साल : 1992 प्रकाशक : इण्डियन फोक कल्चर रिसर्च इंस्टीच्युट, वाराणसी पर क्लिक करीं आ किताब सेक्सन से एह किताब के डाउनलोड करी पढी ।
Tweet media one
0
20
108
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
नेपाल के संसद में भोजपुरी में शपथ ग्रहण इहां के प्रदीप यादव जी हईं नेपाल के संसद के सदस्य।इहां के संसद में भोजपुरी में शपथ ग्रहण कइनी ह। साभार - प्रशांत कुमार नोट- नेपाल में भोजपुरी के राजकीय मान्यता प्राप्त बा । भारत में जहाँ के भाषा भोजपुरी ह, संवैधानिक मान्यता नइखे मिलल।
Tweet media one
4
18
104
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
10 months
हिंदी भुला जानी - केदारनाथ सिंह ( केदारनाथ सिंह जी के लिखल भोजपुरी लेख) पर किस तरह मिलूँ कि बस मैं ही मिलूँ, और दिल्‍ली न आए बीच में क्‍या है कोई उपाय! - ' गाँव आने पर' जहाँ गंगा आ सरजू ई दूनो नदी क संगम बा, ओसे हमरे गाँव के दूरी लगभग आठ किलोमीटर होई। दूनो नदी क बीच में
Tweet media one
3
21
103
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
3 years
डॉ. रामनरायण तिवारी जी के हिसाब से होली प लोकगीतन के 20 गो प्रकार होला। 1- बसंत 2- होली 3- फाग 4- लेजुरा 5- चौताल 6- लटका 7- चहका 8- होरी-होरा 9- लचारी 10-खरकच्चा 11- डेढ तल्ली 12- धमार 13- कबीरा 14- जोगीरा 15- बेलऊरा 16- मनोरा 17- झूमर 18- ममोरा 19- स्तुति 20- रसिया
3
33
102
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
10 months
"का लिखीं भोजपुरी मे" - शम्श जमील बानी बड़ा मजबुरी मे का लिखीं भोजपुरी मे। सोहर समाज से दुर भइल निर्गुन के दोहन भरपुर भइल आपन रिवाज के बियाहे के गीत डीजे के आगे चकनाचुर भइल। बिना गीतन अब निक ना लागे रोपनी- सोहनी के मजदुरी मे। बानी बड़ा मजबुरी मे का लिखीं भोजपुरी मे। गजब के
2
26
102
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
आज पंजवार में हमनी के गुरूजी, कर्मयोगी धनश्याम शुक्ल मास्साब के प्रतिमा के अनावरण भइल ह ।
Tweet media one
4
11
102
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
भोजपुरी मातृभाषा खातिर सही आ सोगहग तरिका से साफ साफ बिना लाग-लपेट के बात कहे खातिर बहुत बहुत धन्यवाद @ravishndtv जी । हर भोजपुरिया के अपना मातृभाषा खातिर अइसने सोच होखे के चाहीं ।
@imbhojpuria
Navin K Tiwari
2 years
Loud & Clear वाह जिओह रवीश कुमार ! @ravishndtv संजय- ये भोजपुरी का कांसेप्ट आपने क्या ले लिया । रवीश - वो मेरी मातृभाषा है, हिंदी न मेरी मातृभाषा है और न कभी हो सकती है । हं, इसमे मै बहुत क्लियर बोलता हूं, आज से नही शुरू से बोलता हूं । विडीयो साभार - 4 PM
8
29
169
3
22
100
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
11 months
आज लोक पर्व जिउतिया ह । संतान के निरोग रहे हंसी खुशी आ बेहतर भविष्य खातिर होखे वाला पर्व जिउतिया के पावन दिन प, आखर परिवार, समस्त माई लोगिन के बेर बेर प्रनाम क रहल बा गोड़ छू के गोड़ लाग रहल बा । एह पर्व के बारे में भोजपुरी में शशी रंजन मिश्र के बेहतरीन लेख आखर ई पत्रिका से पढीं
Tweet media one
Tweet media two
Tweet media three
Tweet media four
2
20
99
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
1 year
भोजपुरी के सुप्रसिद्ध लोकगायिका @chandanfolk जी के आज जनमदिन ह । आखर परिवार के ओर से खुबे बधाई आ शुभकामना !
Tweet media one
8
9
100
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
#MotherLanguageDay मातृभाषा दिवस प, हर भाषा प्रेमी के बहुत बहुत बधाई आ शुभकामना। हमनीके मातृभाषा भोजपुरी ह। हमनी के मातृभाषा में पुरान साहित्य बा त नया प साहित्य लिखा रचा रहल बा। हमनी के अपना मातृभाषा में हरमेसा लिखे पढे के चाहीं, काहेंकि हमनी के मातृभाषा हमनी के पहिचान ह।
Tweet media one
Tweet media two
Tweet media three
Tweet media four
1
33
101
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
भोजपुरी भाषा के गीत-संगीत के संगे इ बहुत बड़ समस्या बा कि लोग फुहर गीतन के भोजपुरी में सफलता के पर्याय मान ले ले बा। जवना के नतीजा अधिकतर लोग फुहरे लिखता , गावऽता आ अब त ओह के सहियो कहि रहल बा। एह से नुकसान भोजपुरी भाषा के हो रहल बा । निहोरा बा कि एह ओरि ध्यान दिहीं सभे । 🙏🙏
Tweet media one
1
18
95
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
11 months
देवी गीत (पचरा) “ निमिया के डांढि मइया “ आवाज - गोपालगंज, बिहार के लोकल��री टीम (रिचा वर्मा जी के)
3
14
99
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
मातृभाषा के विकास यानि कि ओह मातृभाषा वाला क्षेत्र, समाज, आ ओह क्षेत्र के हर व्यक्ति संस्कृति के विकास ह । असल में मातृभाषा के विकास ओह भाषा वाला क्षेत्र कि सम्पूर्ण विकास के जूआ ( धुरी) ह । हमनी के अपना मातृभाषा के समुचित आ सम्पूर्ण विकास में पुरहर आ पुरकस योगदान करे के चाहीं ।
Tweet media one
0
17
97
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
10 months
Chhath Song Collection: Sung by Christine from USA क्रिस्टीन के भोजपुरी छठ गीत
2
22
95
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
असल उत्तर के नायक : बीर अब्दुल हमीद जन्म - 1 जुलाई 1933 पुण्यतिथि - 10 सितम्बर, 1965 जनमभुमि के कामे अईनी , बहुत बडहन भागि रहे हमार ! आखर परिवार, अपना महान योद्धा, अमर शहीद , माई भारती के सपूत वीर अब्दुल हमीद के जयंती प बेर बेर नमन क रहल बा । पढीं-
Tweet media one
2
19
99
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
2 years
फगुनी अँजोरिया -धर्मराज शर्मा चमचम चमकेला फगुनी अँजोरिया हो चमकेला अँगना दुआर । गम गम गमकेला आम के मोजरिया हो गमकेला घर पिछुआर ।। रतिया सुहानी आइल, चारो ओर जवानी छाइल, सुधिया के पँखिया चढके, घतिया पुरानी आइल, अइसन अँजोरिया तो देखि-देखि गोरिया, हो रोवत होइहें मनवा तोहार । 1/4
Tweet media one
1
21
96
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
4 years
सुप्रसिद्ध लोकगायिका @shardasinha जी कोरोना पाजिटिव हो गइल बानी । आखर परिवार , भोजपुरी समाज , संवसे बिहार आ पुर्वांचल , शारदा जी के हाल दे ठीक होखे खातिर प्रार्थना क रहल बा ।
7
20
95
@aakharbhojpuri
आखर भोजपुरी
10 months
लोकपर्व छठ पूजा के तीसरा दिन (सांझि के अरघ) -2023 पहिला दिन नहाय खाय, दुसरा दिन खरना, आज तीसरा दिन यानि सांझि के अरघ। आज डूबत सुरुज ( अदितमल) के छठ व्रती लो अरघ दिही। खरना के प्रसाद के बाद से छठ व्रती लोगन के 36 घंटा के निर्जला उपवास शुरु हो गइल बा। काल्ह बिहाने यानि कि सुरुज
Tweet media one
Tweet media two
Tweet media three
2
21
96